छठवा भोजपुरी फिल्म अवार्ड 28 मई के होखी

भोजपुरी फिल्म जगत के एकलौता अवार्ड समारोह अगिला 28 मई के मुंबई में आयोजित होखे जा रहल बा. एकर घोषणा अवार्ड समिति के संस्थापक अध्यक्ष विनोद गुप्ता एगो पत्रकार सम्मेलन में कइले. एह मौका पर मुख्य अतिथि का रूप में मध्य रेलवे के सीसीएम सत्यप्रकाश, निर्माता अभय सिन्हा, दुर्गा प्रसाद, निर्देशक जगदीश शर्मा, असलम शेख, हैरी फर्नान्डिस, अनूप चौधरी , अरसद खान, अभिनेता सुरेन्द्र पाल, स्वरूप फिल्म्स के पुनीत केला सहित फिल्म जगत के कई सम्मानित लोग मौजूद रहले. अवार्ड खातिर नामांकन के कामो शुरु कर दिहल गइल बा.

बतावे जोग बा कि भोजपुरी सिनेमा के तीसरा चरण के लोकप्रिय बनावे में भोजपुरी फिल्म अवार्ड समारोहो के महत्वपूर्ण योगदान रहल बा. हर साल मई में आयोजित होखे वाला एह अवार्ड समारोह में लगातार पांच बार सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के पुरस्कार रवि किशन के मिल चुकल बा. मौजूद थे.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..