रेल बजट में बिहार के अनदेखी

आजु पेश रेल बजट के आलोचना करत बिहार के मुख्यमंत्री कहलन कि एह बजट में बिहार के एकदमे अनदेखी कर दिहल गइल बा. लालू प्रसाद कहलन कि उनका समय में रेल के घाटा खतम कर के ऊँचाई पर चहुँपा दिहल रहुवे बाकिर आजु हालात बदल गइल बा. रेल बजट में बिहार में लटकल रेल परियोजनन पर एको शब्द नइखे बोलल गइल. रेल मंत्री खाली रुपिया बिटोरे में लागल बाड़न.

नीतीश कुमार के कहना बा कि पहिला बेर एगो गलत परिपाटी के शुरूआत भइल बा आ बिना योजना आयोग भा वित्त आयोग के सहमति के नया नया योजना घोषित कर दिहल गइल बा. पिछला दरवाजा से रेल भाड़ा बढ़ा के कहल जात बा कि रेल भाड़ा नइखे बढ़ावल जात.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..