केहू नइखे मिलत जे कुंडा के डीएसपी हत्याकांड में गवाही दे सको

सीबीआई के जाँच टीम कुँडा में डेरा डाल दिहले बिया आ राजा भईया के जिला में घुसे से मना कर दिहल गइल बा बाकिर केहू सामने नइखे आवत जे बता सको कि कब कहाँ कइसे आ के हत्या कइल. केकर मईया बाघ बियानी वाला अंदाज में इलाका के सगरी मरद परा गइल बाड़न आ कतनो हिम्मत बन्हवला पर केहू कुछ बोले के तईयार नइखे होत. कहल जाला कि जल में रह के मगर से बैर ना करे के आ कुँडा के घड़ियारन के लोग अबहीं ले भुलाइल नइखे.

हँ कुँडा के मराइल डीएसपी के फालोअर जरूर बतावत कि पिछला कुछ महीना से डीएसपी दहशत में रहलें आ अपना के घरे में बंद राखर रहुवन. केहू से भेंटो ना करत रहलें.

दोसरा तरफ राजा भईया के क्लीन चिट देबे वाला बहादुर महारथियन के कमी नइखे. कबो योगी आदित्यनाथ उनका के बेकसूर बतावत बाड़न त कबो कवनो सपा नेता. भाजपा नेता लालजी टंडन के कहना बा कि एगो डीएसपी के हत्या पर अतना बवाल कवना बात के? का ई राज्य के पहिला अइसन हत्या ह?

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।