साल के पहिलका तिमाही निरहुआ के नामे

भोजपुरी सिनेमा के किंग स्टार निरहुआ के जादू एहू साल चल रहल बा आ एह तिमाही में रिलीज उनकर
तीनो फिल्म शानदार सफलता पवले बाड़ी सँ. एह सफलता से निर्माता, वितरक, आ सिनेमाहाल मालिक सबका चेहरा पर मुस्कान बनल बा.

जनवरी में निरहुआ पाखी के निरहुआ नं॰ वन रिलीज भइल त होली का मौका पर शिवा आ सात सहेलियाँ. सात सहेलियाँ त सिर्फ बिहारे में एक करोड़ से बेसी के बिजनेस कर देखवलस. बुझात बा कि बाकियो बचल तिमाही में निरहुआ कमाल देखावत रहीहें आज के करण अर्जुन रिलीज हो चुकल बा जबकि दाग, मृत्युंजय, लोफर,रणभूमि वगैरह रिलीजहोखे के तइयार बाड़ी सँ.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..