मछरी अंडा माँस मंगावे के जरूरत ना होखी बिहार के

पशु आ मत्स्य संसाधन मंत्री गिरिराज सिंह के कहना बा कि जल्दिए बिहार मछरी, अंडा, आ मांस का मामिला में आत्मनिर्भर बन जाई आ दोसरा राज्यन से एकरा के मँगावे के जरूरत ना पड़ी. अबहीं हर साल छह हजार करोड़ रुपिया के मछरी, अंडा, आ माँस दोसरा राज्यन से मँगवावे पड़ेला. कहलन कि सरकार के योजना एकर उत्पादन बढ़ावे आ राज्य में दू करोड़ लोग के प्रत्यक्ष आ अप्रत्यक्ष रोजगार दिआवे के बा. बतवलन कि विभाग के बजट पिछला सात साल में दू सौ गुना हो गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।