विनय आनंद खींचलन ‘लक्ष्मण रेखा’

निर्माता अशोक गुप्ता आ बृजेश सिंह के नइकी भोजपुरी फिलिम ‘लक्ष्मण रेखा’ में सुपर स्टार विनय आनंद आ गुंजन पंत के जलवा देखे के मिले वाला बा दर्शकन के. आशा प्रोडक्शन के बैनर में बनल एह फिलिम के निर्देशक हउवें मनोज गिरि आ कलाकारन में विनय आनंद, गुंजन पंत, एहसान खान, माया यादव, विनोद आनंद, प्रिया पांडे, अक्षत राज, अर्चना सिंह, सुनीता सिंह, अरबिंद सिंह, नील मिश्रा, सुरेन्द्र सिंह आ बंधु खन्ना के नाम बा.

कहानी धर्मेन्द्र नाथ ओझा के, कैमरा मैन एस. कुमार भगत, संगीतकार सतीश-अजय, गीतकार डॉ. सागर, कला निर्देशक पप्पू श्रीवास्तव, एडिटर ललित तिवारी, नृत्य निर्देशक अनीश-ज्ञान सिंह आ मारधाड़ निर्देशक हउवें दिलीप यादव.

एकर शूटिंग वाराणसी, जौनपुर, बिहार आ मुंबई के अलावा पूर्वांचल के खूबसूरत लोकेशन पर भइल बा.

‘लक्ष्मण रेखा’ जल्दिए रिलीज होखी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।