सारण जिला में दू गो लइकियन के अपहरण

मढ़ौरा हड़बड़नाथ मंदिर का बगले के बँसफोर टोला के एगो लइकी के ओही टोला के एगो लइका भगा ले गइल बा. ई आरोप लगावत लइकी के बाप थाना में मुकदमा दर्ज करवले बाड़े. बतावल जात बा कि ओह लइकी के शादी अगिला हफ्ता होखे वाला रहुवे आ शादी का नीयत से एगो पड़ोसी लइका ओह लइकी के शादी खातिर राखल चालीस हजार रुपिया आ गहना कपड़ा समेत भगा ले गइल.

एगो दोसर मामिला में रिविलगंज थाना इलाका के एगो लइकी छपरा जेपी महिला कॉलेज से अपना प्रैक्टिकल परीक्षा का बारे में जानकारी लेबे गइल रहे बाकिर लवटल ना. केस लिखवावल गइल बा कि एकमा के हंसराजपुर के एगो लइका शादी का नीयत से ओह लइकी के भगा ले गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..