बिहार में जल्दिए रिलीज होखी ‘का उखाड़ लेबा’

ज्ञान सहाय प्रोडक्शन के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ‘का उखाड़ लेबा’ एही महीना बिहार में रिलीज होखे जात बा. एकर निर्माता-निर्देशक ज्ञान सहाय बॉलीवुड के जानल मानल कैमरामैन हउवें. एहसे पहिले ऊ भोजपुरी में ‘बैरी पिया’ निर्देशित कर चुकल बाड़ें जवना में ऊ आज के टॉप अभिनेत्री पाखी हेगड़े के ब्रेक दिहले रहलें.

‘का उखाड़ लेबा’ एगो अइसन फिलिम ह जवना में दू गो भाईयन के प्रेम देखावल गइल बा आ उहो अइसन भाउ जवन एके माई के कोख से जनमल औलाद ना हउवें. बावजूद एकरा ऊ दुनु एक दूजा ला कुछऊ करे ला तइयार रहेलें. एह फिलिम में सामाजिक संदेश का संगही मनोरंजन के हर पहलुओ नजर आई. फिलिम के गीत संगीतो सुने में नीक बाड़ी स. गीतकार राजेश मिश्रा आ संगीतकार नागेन्द्र संतोष हउवे.

एहमें नवोदित साहित्य सहाय, युक्ति कपूर, अगस्तय जैन, नीतू चौधरी, शशि सहाय, लिलीपुट, किशोर भानुशाली, राजीव खन्ना, आदिल, विशाल कुमार, मिथिलेश कुमार आ राकेश पाण्डे के मुख्य भूमिका बा.


(समरजीत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..