बीएड विद्यार्थियन के भूख हड़ताल टूटल

अनुसूचित जाति आ जनजाति के बीएड विद्यार्थी पिछला तीन दिन से भूख हड़ताल पर बइठल रहलें काहे कि ओह लोग के महाविद्यालय ओह लोग के परीक्षा फार्म नइखे भरे देत. कॉलेजन के कहना बा कि जबले एह लोग के फीस ना मिल जाई तबले एह लोग के फार्म भरे ना दिहल जाई. फीस सरकार के देबे के रहल बाकिर अबही ले फीस ना भेजलसि जवना से एह विद्यार्थियन के पूरा साल चौपट होखे के कगार पर बा. एह लोग के बार बार गोहार लगवला का बावजूद प्रशासन अबहीं ले कुछ ना कइलसि आ विद्यार्थिओ लोग अड़ल रहे कि जबले समस्या के समाधान नइखे हो जात तबले भूख हड़ताल चलत रही. काल्हु उपजिलाधिकारी एह लोग के लिखित भरोसा दिहलें कि एह लोग के एडमिट कार्ड बिना कवनो शु्ल्क जमा कइले मिल जाई आ अगर कालेज प्रशासन अइसन ना कइलसि त ओह लोग पर कार्रवाई कइल जाई.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..