पटना दिल्ली का बीच समर स्पेशल

गरमी के छूट्टी का चलते रेल गाड़ियन में बढ़ल भीड़ के ध्यान में राखत उत्तर रेलवे नयी दिल्ली आ पटना का बीच एगो समर स्पेशल एसी सुपरफास्ट ट्रेन चलावे के फैसला कइले बावे. ई रेलगाड़ी ३० आ ३१ मई, अउर दू,तीन, पाँच, छह, आठ, नौ, एगारह, आ बारह जून के दुपहरिया २=३५ पर दिल्ली से चली आ अगिला दिने सबेरे पटना चहुँपल करी. लवटति में पटना से ३१ मई, अउर एक, तीन, चार, छह, सात, नौ, दस, बारह आ तेरह तारीख के दिन में १२=१५ पर पटना से खुलल करी आ अगिला दिने भोर चार बजे दिल्ली चहुँपल करी. एह ट्रेन के ठहराव गाजियाबाद, कानपुर, इलाहाबाद, मुगलसराय, बक्सर, आरा आ दानापुर पर होखल करी.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।