मनोज तिवारी का साथ पाखी हेगडे

ऋषि इंटरनेशनल प्रोडक्शन का बैनर में बनत चर्चित निर्माता अशोक गुप्ता के फिल्म भईया हमार दयावान में भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी का साथे भोजपुरी के स्टार अदाकारा पाखी हेगडे के जोड़ी पहिला बेर बनल बा. मशहुर निर्देशक असलम शेख के निर्देशन में बनत एह फिल्म में मनोज तिवारी के भूमिका एगो अइसन नौजवान के बा जे हालात के मारल अपराधी बन जात बा. फेर ओकरा जिन्दगी में एगो अनाथ बच्चा आ जात बा जवन ओह नौजवान के जीवन के मकसदे बदल देत बा आ ऊ अपराधी से दयावान बन जात बा.

ओने पाखी हेगडे के किरदार एगो पाकिटमार लड़की के बा जवना के पाला एक दिन मनोज तिवारी से पड़ जात बा आ दुनु एक दोसरा के हो जात बाड़े. निर्देशक असलम शेख आ मेगा स्टार मनोज तिवारी के जोड़ी एहसे पहिले कई गो सुपर हिट फिल्म दे चुकल बा. निर्माता अशोक गुप्ता एकरा से पहिले जब केहू दिल में समा जाला बना चुकल बाड़े आ कई गो दोसरो फिल्म फ्लोर पर बाड़ी सन.

भईया हमार दयावान में मनोज तिवारी आ पाखी हेगडे का साथ रिंकू घोष, शुभम तिवारी, मोनालिसा, रोजा उस्मानी, अरविंद अकेला कल्लू, आ स्टार कामेडियन मनोज टाइगर, अउर किरण कुमार के खास भुमिका बा. फिल्म के सहनिर्माता हरीश गुप्ता, गीतकार विनय बिहारी, प्यारेलाल यादव कविजी, आ संतोष पुरी, संगीतकार राजेश रजनीश, छायाकार तांबन के॰, एक्शन मास्टर शकील शेख, आ डांस मास्टर कानू मुखर्जी हउवें.

फिल्म के शूटिंग के एक दौर यूपी का प्रतापगढ़ में हो चुकल बा. अब एह महीना मुंबई का कई गो लोकेशन पर एकर बाकी शूटिंग करावल जा रहल बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..