अखिलेश यादव के जब सिपाहिए रोक लिहलें

वाराणसी पुलिस लाइंस ग्राउंड में लैपटाप बाँट के लवटत मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के कार पुलिस कल्याण समिति के प्रदेश संरक्षक बृजेन्द्र यादव पुलिस लाइन गेट पर रोक लिहले आ करीब पन्द्रह मिनट ले कार के बोनट पीटत गाड़ी के रोक रखलें. उनुका संगे पन्द्रहे गो सिपाही रहलें बाकिर मुख्यमंत्री के सुरक्षा में लागल पुलिस जवान ओह लोग के हटा ना पवलें जबले ऊ लोग अपने ना हट गइल. विरोध के कारण रहुवे कि प्रदेश सरकार अबहीं ले सपा के चुनावी वादा वाला 21 सूत्री पुलिस कल्याण लागू नइखन कइले.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।