गाजीपुर का तुलसीपुर में सड़क हादसा में चार लोग मरल

गाजीपुर जिला के तुलसीपुर में बियफे दुपहरिया एगो सूमो आ टेंपो के आमने सामने टक्कर हो गइल जवना चलते एगो औरत समेत चार लोग के मौत हो गइल. ददरी घाट हनुमान मंदिर के पुजारी राधेश्याम चौबे अपना पोता के मुंडन करा के विंध्याचल से सूमो से परिवार संगे लवटत रहलें जब तुलसीपुर का लगे एगो टेंपो से ई टक्कर भइल. टेंपो पर सवार चार लोग के मौत हो गइल जबकि सूमो पलटला का चलते ओह पर सवार लोग घवाहिल हो गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *