विशाखापट्टनम् से लवटि अइली पुष्पा वर्मा

भोजपुरी सिनेमा के सबसे प्रिय माई पुष्पा वर्मा विशाखापट्टनम से लवटी आइल बाड़ी. ओहिजा ऊ दिनेशलाल यादव निरहुआ के फिल्म “निरहुआ मेल” के शूटिंग में गइल रही. एह फिल्म में ऊ निरहुआ के माई बनल बाड़ी आ पाखी हेगडे उनुकर पतोहु. भोजपुरी के सगरी सुपरस्टारन के माई बन चुकल बाड़ी पुष्पा वर्मा. पिछला साल के सबले बेसी चर्चित फिल्म “देवरा बड़ा सतावेला” में ऊ रविकिशन अउर पवन सिंह के महतारी बनल रही त “अपने पराये” में मनोज तिवारी के महतारी आ “सात सहेलियां” में निरहुआ के. अब पुष्पा वर्मा छोटको परदा पर आ रहल बाड़ी. बँटवारा का त्रासदी पर बनल हिंदी धारावाहिक “एक आंगन के हो गए दो” में ऊ माई के जीवंत किरदार कर रहल बाड़ी. ई धारावाहिक दूरदर्शन पर देखावल जा रहल बा. राजकुमार पांडेय के फिलिम “मैं नागिन तूं नगीना” में पुष्पा जी के दमदार भूमिका बा. राजकुमार पाण्डे का हर फिलिम में ऊ रहेली काहे कि पांडेय जी के कहना बा कि पुष्पा जी के मौजूदगी उनुका खातिर हमेशा शुभ रहेला आ फिल्म हिट रहेले.


(स्रोत – उमेश सिंह चन्देल)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।