’कलकतिया भौजी’ के नायक बाड़ें अनुराग वर्धन

AnuragVardhan-KalkatiaBhaujiनिर्माता अनिकेत अग्रवाल के फिलिम ’कलकतिया भौजी’ के शूटिंग पूरा कर के एकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम कोलकाता में होखत बा. जय मां रानी सती प्रोड. के बैनर तले बनल एह फिलिम में नया अभिनेता अनुराग वर्धन के नायक बनावल गइल बा. नायिका बाड़ी मीरा मूर्ती. अनिमेश जायसवाल एकर संयुक्त निर्माता हउवें. एगो अउर निर्माता बाड़ें शशिधर सिंह.

एगो मुलाकात में अनुराग वर्धन बतवलन कि बतौर अभिनेता भलही ई उनकर पहिलका फिलिम होखे एहसे पहिले नाहियो त तीन सौ स्टेज शो के एंकरिंग कर चुकल बाड़न. एह फिलिम में उनकर किरदार एगो मस्त मनमौजी नवही के बा. ज़िंनिगी के शरारत आ भावना से भरल एह किरदार में उनुका अभिनय के सगरी रंग देखावे के मौका मिलल बा आ वादा बा कि अपना दर्शकन के निराश ना करीहें.

फिलिम के लेखक-निर्देशक अशोक जायसवाल, गीतकार मुन्ना दूबे, अशोक सिन्हा, आ सुरेन्द्र, संगीतकार नागेन्द्र निपांशु, छायांकन करेवाला शाहबाज़ खान.

मुख्य कलाकारन में शामिल बाड़ें अनुराग वर्धन, मीरा मूर्ति, बिजली रानी, अशोक सिन्हा, संजय शर्मा, अनिमेश लाल, श्री भगवान शर्मा, निशा सिंह, पारो रानी, प्रतिभा सिंह, इंद्राणी सिंह आ अली खान.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..