राजकुमार पाण्डेय के जलवा

rajkumar-r-pandeyसिनेमा भोजपुरी के सबले सफल निर्माता-निदेशक राजकुमार पांडे के जलवा एह घरी बिहार में चल रहल बा. उनकर हालिया ररिलीज फिलिम ‘जीना तेरी गली में’ सगरी बिहार में शानदार व्यवसाय करत बिया. युवा स्टार प्रदीप पाण्डेय चिन्टु अभिनीत एह फिलिम के सगरो उम्मीदो ले बेसी सफलता मिलल बा. सीतामढ़ी के आर.डी., मोतिहारी के संगीत, आ बैरगनिया के चन्द्रा समेत दर्जन भर जगहा फिलिम रिकार्ड व्यवसाय करत बिया.

एहमें प्रदीप पांडे चिंटू आ प्रियंका पाण्डे के मुख्य भूमिका बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।