हार ना पाई प्यार हमार के शूटिंग शुरु

पिछला दिने अमन फिल्म प्रोडक्शन का बैनर में बनत भोजपुरी फिल्म “हार ना पाई प्यार हमार” के शूटिंग यूपी के बहराइच आ नानपाड़ा में शुरु भइल बा. फिल्म में कुल दस गो गाना बा. एह एक्शन प्रधान रोमांटिक फिल्म के निर्देशन सचिन यादव करत बाड़े. निर्माता हउवें इरफान खान. एह फिल्म में विराज भट्ट आ रॉबिन खान पहिला बेर एक साथे आ रहल बाड़े.

संगीत के रत्नेश के, गीत प्यारेलाल यादव आ मुन्ना दूबे के आ गायक उदित नारायण झा, कल्पना, दीपा नारायण झा, इंदू सोनाली, पामेला जैन, मोहन राठौर, मनोज मिश्रा, अनीता शक्तिमा, आ रामशंकर बाड़े. नृत्य निर्देशन आ कहानी लेखन राजेश मल्लिक के बा.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।