मराठी मानुस का चलते मिलल भोजपुरी सिनेमा के सम्मान

Sudhir, Tejasvi, and Ravi Kishan

मुंबई में भलही नफ़रत के “राज”नीति चलत होखे, मराठी – भोजपुरी क नाम पर विवाद बढ़ावल जात होखो बाकिर भोजपुरी फिल्म जगत के विश्व स्तर पर सम्मान दिआवे क काम कइले बाड़े एगो मराठी मानूस. जी हँ, मराठी के फिल्म मेकर बानकृश्न कदम के सुपुत्र सुधीर कदम, जे आई.आई.टी से पास आऊट इंजीनियर हउवें, होलीवुड से लवटला क बाद सीधे भोजपुरी फिल्म निर्माण में भिड़ गइलन. उनकर पहिलके फिल्म भोजपुरी के जला देब दुनिया तोहरा प्यार में’’ रहल जवना के निर्देशन कइलें धीरज कुमार.

अन्तर्राष्ट्रीय फिल्मोत्सवन में प्रशंसित ‘‘फोर्चून टेलर’’ के निर्माता सुधीर कदम अंग्रेजी का बाद हिन्दी, मराठी फिल्म ना बना के सीधे भोजपुरी फिल्म बना डललन. इहे ना, एह फिल्म के प्रतिष्ठित कान महोत्सव में शामिल कइल गइल. साथही ई भोजपुरी के पहिलका फिल्म हउवे जवना के प्रदर्शन हिन्दुस्तान के साथ साथ अमेरिका, ब्राज़ील, सहित दुनिया के पांच देश में कइल जा रहल बा. भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन अभिनीत एह फिल्म के बाद ऊ अघोरी पर फ्रॉम बनारस नाम के अंग्रेजी फिल्म बना रहल बाड़े जवना में अघोरी के भूमिला रविकिशन करत बाड़न. एह फिल्म के निर्देशन तेजस्वी कदम आ विक्टोरिया सेगी करत बाड़ी.


(स्रोत : उदय भगत )

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *