A rail accident that was averted in the nick of time

Two local trains coming from opposite direction were travelling on the same line. Fortunately one of the drivers realised his mistake and stopped the train immediately. It halted just 200 metres before a sure collision. This happened on Howrah-Kharagpur route at Sankrail station.

अतवार का दिने हावड़ा खड़गपुर रेल खण्ड का संकरइल स्टेशन का लगे हावड़ा जाये वाली ईस्ट कोस्ट एक्सप्रेस आ सामने से आवत पंसकुड़ा लोकल ट्रेन एके रेल लाइन पर चलत रही स. लोकल ट्रेन के ड्राइवर लाल बत्ती ना देखलसि आ आगा बढ़ि गइल. कुछ देर बाद ओकरा आपन गलती बुझाइल आ ऊ तुरते ब्रेक लगा के गाड़ी रोक दिहलस. दुनु ट्रेन एक दोसरा से मात्र दू सौ मीटर बाच गइल रही स. संजोग ठीक रहे कि ओह घरी एक्सप्रेस ट्रेन धीरे जात रहुवे आ ओकर ड्राइवर सामने से आवत गाड़ी देख के रोक दिहलस.

लोकल ट्रेन के ड्राइवर के निलम्बित कर दिहल गइल बा. मामिला के जाँच के आदेश दे दिहल गइल बा. रेल मंत्री ममता बनर्जी हाल फिलहाल का दिन में सबले गैर जिम्मेदार रेल मंत्री साबित भइल बाड़ी जिनका बंगाल के राजनीति का आगा कुछुवो नइखे लउकत.

0 Comments