Prakash Karat wanted to teach a lesson to Manmohan and Sonia

Somnath Chatterjee, ex-speaker of LokSabha, has written in his memoirs that Prakash Karat felt so insulted by the govt. decision to go ahead despite Left Front’s objections, and sign a treaty with USA for nuclear supply that he forgot to take sensible decisions. Prakash Karat then wanted to teach Manmohna Singh and Sonia Gandhi lessons for neglecting him. It is another matter Karat himself learned a lot of lessons.

पूर्व लोकसभा स्पीकर सोमनाथ चटर्जी अपना आत्मकथा वाली किताब में लिखले बाड़न कि प्रकाश करात के लागत रहुवे कि वाम दल का समर्थन पर चलत संप्रग सरकार उनका मर्जी का खिलाफ ना जा सकी आ ऊ उहे करी जवन प्रकाश करात कहीहें. बाकिर मनमोहन सिंह आ सोनिया उनका के एह फँउकला के हवा निकाल दिहलन आ अमेरिका का साथे परमाणु समझौता कर लिहलन.

एह अपमान से रिसियाइल प्रकाश करात संप्रग के गोटी सेट करे आ मनमोहन सिंह आ सोनिया गाँधी के मामर हेठ करे में लाग गइले. बाकिर उनका पता ना रहुवे कि एह मामिला में कांग्रेस उनका पर बीस ना बाइस पड़ी आ वामदल कांग्रेस के कुछुओ ना उखाड़ पवलन. अपना अपमान से रिसियइला में ऊ भुला गइलन कि दाँव उल्टो पड़ सकेला आ उहे भइल. अलगा बाति बा कि अतना लिखला का बावजूद सोमनाथ बाबू एह समझौता के समर्थन नइखन कइले.

0 Comments