Australian general election gives a hanging return


Just conclude Australian elections has given the ruling Labour Party only 70 seats in a parliament of 150 members. Now the Australian PM Julia Gillard is trying to cobble up a simple majority with help from independents and the Greens party.

आस्ट्रेलिया में भइल आम चुनाव में कवनो दल के स्पष्ट बहुमत नइखे मिल पावल. कुल १५० सीट पर चुनाव भइल रहे जवना में ई खबर लिखत घरी लेबर पार्टी के ७० गो सीट. लिबरल के ४३ गो, द ग्रीन्स के २१ गो, आ बाकी दलन के ११ गो सीट पर जीत मिलला के खबर ओहिजा के चुनाव आयोग का साइट पर दिहल बा. पाँच गो सीट के परिणाम अबही साफ नइखे भइल. वइसे लेबर के ५०.६७ फीसदी आ लिबरल के४९.०३ फीसदी वोट मिलल बा. लेबर पार्टी के २ फीसदी वोट के नुकसान भइल बा. पिछला चुनाव में लेबर के ८३ गो, लिबरल के ५५ गो, आ बाकी दलन के १२ गो सीट मिलल रहे.

चुनाव परिणाम का बाद मौजूदा प्रधानमंत्री जुलिया गिलार्ड कहले बाड़ी कि ऊ ग्रीन्स पार्टी भा निर्दलीयन का सहयोग से सरकार बनावे में सफल हो जइहें.

0 Comments