Author: Editor

रेलगाड़ी से कटा के एगो नवही के मौत

शनिचर का दिने छपरा-बलिया रेल खंड पर गौतम स्थान टीसन पर सबेरे सात बजे एगो नवही ट्रेन से कटा के मर गइल. ओकरा लगे से बलिया से छपरा तक के टिकट आ एगो मोबाइल मिलल बा. मोबाइल का सहारे ओकर पहचान कइल जात बा. बतावल जात बा कि ऊ उत्सर्ग...

Read More

सोनपुर से छपरा का बीच अब डीएमयू

पैसेंजर ट्रेन के इंजन घुमावे में आवे वाला दिक्कत देखत अब छपरा सोनपुर का बीच डीएमयू चलावल शुरु हो गइल बा. शनिचर का दिन से शुरू भइल एह सेवा से अब ट्रेन समय पर चल पाई. बतावल जात बा कि गंगा नदी पर बनल दीघा-पहलेजा रेल पुल पर अगिला...

Read More

परधानी के शराब जान ले लिहलसि कई जने के

बलिया जिला के सुखपुरा इलाका के धरहरा गाँव में काल्हु जहरीला शराब पियला का चलते अनेके लोग के तबियत खराब हो गइल बा. कुछ लोग के आँख के रोशनी चल गइल बा आ तीन जने त दुनिए छोड़ के चल गइल बाड़ें. बतावल जात बा कि पंचायत चुनाव का चलते एह...

Read More

गाछी से लटकल लाश मिलल

बलिया जिला के खेजूरी इलाका के पिपरा कलां गांव का लगे नहर का किनारे एगो गाछ पर गड़वार इलाका के एगो मतिसुन्न आदमी के लाश मिलल. ई आदमी अपना घर से एक दिन पहिले निकलल रहे आ ओकरा बाद ओकर थाह ना लागल. काल्हु ओकर लाश गाछ पर लटकल मिलल....

Read More

दइब टेढ़ भइले करमवो बा फूटल : गजल

– रामयश अविकल चलीं ई सबुर के बन्हल-बान्ह टूटल कमाये बदे आज घर-गाँव छूटल। मिलल मार गारी, मजूरी का बदला सरेआम अब आबरू जाय लूटल। भवन तीन-महला शहर में बा उनकर हमन के त झाँझर पलनियो ले टूटल। इहाँ दाल-रोटी चलल बाटे मुस्किल दइब...

Read More

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।