लेखक: Editor

बिहार लोकसेवा आयोग के प्रीलिम के रिजल्ट घोषित

बिहार लोक सेवा आयोग पिछला 15 मार्च के करावल गइल 56वीं से ले के 59वीं सम्मिलित संयुक्त (प्रारंभिक) प्रतियोगिता परीक्षा के रिजल्ट काल्हु शनिचर के साँझ जारी कर दिहलसि. कुल 746 गो होखे वाला बहाली खातिर 28,308 जने के सफल घोषित कइल...

Read More

किडनैप भइल नवही के हत्या

सारण जिला के यदुरामपुर गाँव के रामनारायण राय के सतरह साल के लड़िका रंजीत के पिछला 17 तारीख के किडनैप क लीहल रहे. पुलिस के जानकारी दिहला का बादो कुछ ना हो सकल आ अब ओकर लाश मिलल बा. तीन साल पहिले रंजीत के शादी भइल रहुवे. आ ओकर एगो...

Read More

सईंया भए कोतवाल अब डर केकर

महागठबन्हन के चुनाव जीतला का बादे से बिहार में अपराधी बेखौफ हो गइल बाड़े सँ. मुख्यमंत्री नीतीश कुमार भलही पुलिस वालन के चेतावसु कि कानून व्यवस्था के हर हाल में पालन होखे के चाहीं आ अपराधियन का खिलाफ बिना चेहरा देखले कार्रवाई...

Read More

सोनपुर मेला के उद्घाटन 23 तारीख के

दुनिया भर में मशहूर हरिहर क्षेत्र सोनपुर मेला के उद्घाटन सोमार का दिने होखे वाला बा. एकर पूरा तइयारी क लीहल गइल बा. मेला करीब एक महीना ले चली आ मेला में बिकाए ला तरह तरह के जानवर आ चुकल बाड़ें. मेला घूमे आवे वाला लोग खरीद बिक्री...

Read More

रेलगाड़ी से कटा के एगो नवही के मौत

शनिचर का दिने छपरा-बलिया रेल खंड पर गौतम स्थान टीसन पर सबेरे सात बजे एगो नवही ट्रेन से कटा के मर गइल. ओकरा लगे से बलिया से छपरा तक के टिकट आ एगो मोबाइल मिलल बा. मोबाइल का सहारे ओकर पहचान कइल जात बा. बतावल जात बा कि ऊ उत्सर्ग...

Read More

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..