टैग: गोरखपुर

गोरखपुर मे राप्ती घटत बिया बाकिर घाघरा के बढ़ जारी

सोमार का दिने गोरखपुर मे राप्ती नदी के पानी घटल शुरू हो गइल बा बाकिर घाघरा के पानी लगातार बढ़ल जात बा. कुछेक जगहा कटानो होखत बा जवना से नदी किनारे बसल लोग आफत मे बा. एह बीच बरखा का चलते आजाद चौक रुस्तमपुर से मिर्जापुर ले जाए...

Read More

सडक दुर्घटना मे दू लोग मरल दर्जन लोग घवाहिल

गोरखपुर 02 नवम्बर (वार्ता) गोरखपुर जिला के सहजनवा इलाका में बरहुवा के नियरा बस्ती से गोरखपुर आवत ट्रक एगो मोटरसाइकिल के चपेट दिहलसि जवना से मोटर साइकिल सवार बीस साल के खुशबू यादव के ठाँवे प मौत हो गइल. संगे बइठल उनकर पिता बुरी...

Read More

नाला से एगो लाश मिलल

गोरखपुर 31 अक्टूबर (वार्ता) गोरखपुर जिला के शाहपुर में नाला से एगो लाश निकालल गइल. पुलिस बतवलसि कि पादरी बाजार निवासी चालीस साल के संजय दूबे कवनो काम से घर से निकलल रहले बाकिर लवटले ना. बाद में धरमपुर नाला मे उनकर लाश मिलल. लाश...

Read More

बहू के जरावे का जुर्म मे सास के उमिरकैद

गोरखपुर 30 अक्टूबर (वार्ता) गोरखपुर मे जिला के विशेष न्यायाधीश शशिकान्त उपाध्याय एगो सास भानमति के उमिर कैद आ दस हजार रुपिया के जुरमाना के सजा दिहले. जुरमाना ना भरला पर छह महीना अउरी जेल में रहे के पड़ी. जिला के पिपराइच इलाका के...

Read More

लावारिश बैग सभके अझुरा के रखलसि

गोरखपुर 29 अक्टूबर (वार्ता) गोरखपुर कैन्ट क्षेत्र मे मंगल के साँझ टाउनहाल स्थित महात्मा गांधी के प्रतिमा का सोझा एगो लावारिश बैग सभके अझुरा दिहलसि. सूत्र बतवले कि पुलिस आ प्रशासनिक अधिकारियन के एकर जानकारी दीहल गइल त ऊ लोग...

Read More


अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।