Tag: जौनपुर

जौनपुर के लड़िका साथे दुष्कर्म करे वाला होमगार्ड गिरफ्तार

जौनपुर जिला के एगो लड़िका कानपुर के छत्रपति शाहूजी महाराज विश्वविद्यालय में इंजिनियरिंग के पढ़ाई करेला. एहिजा ओकर दोस्ती कॉलेज में ड्यूटी करे वाला होमगार्ड से हो गइल. एक दिन उ होमगार्ड ओकरा के नशा दे के ओकरा साथे कुकर्म कइलसि आ...

Read More

जलालपुर में क्रासिंग पर चाचा भतीजा रेल से कटा गइलें

जौनपुर जिला के जलालपुर इलाका के जलालगंज रेलवेक्रासिंग पर फाटक बंद रहला का बावजूद नीचे से निकल के जात चाचा भतीजा रेलगाड़ी का चपेटा में आ गइलें आ ओह लोग के ठाँवे पर मौत हो गइल. दुनु जने मोटरसाइकिल पर सवार रहुवे आ फाटक का नीचे से...

Read More

जौनपुर में बाढ़ फेरु लवटि आइल

जौनपुर में गोमती के पानी बढ़ल फेरु शुरु हो गइल बा आ निचला इलाका में बाढ़ के पानी फेर पसर गइल बा. हनुमान घाट, गूलर घाट, गोपी घाट, बलुआ घाट, बजरंग घाट डूब गइल बाड़ी सँ. शाही पुल के नीचे बनल गोमतेश्वर महादेव के मंदिरो आधा डूब गइल बा....

Read More

कुकुर का चलते साम्प्रदायिक बवाल के अनेसा

पिछला दिने जौनपुर में एगो कुकुर का चलते साम्प्रदायिक माहौल गड़बड़ाइल बुझाइल जब एक जाना के पोसुआ कुकुर दोसरा जाना के बकरी के काट लिहलसि. दुनु तरफ के लोग एह मामिला पर एक दोसरा का सोझा हो गइल. पुलिस ओह कुकुर के पकड़ के थाना ले आइल त उ...

Read More

पूर्वांचल विश्वविद्यालय लोक कलाकारन के मंच मुहैया करी

बिलात बिसरात लोक कला के जियवले राखे खातिर जौनपुर के वीर बहादुर सिंह पूर्वाचल विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो.सुंदरलाल एगो बढ़िया पहल कइले बाड़न कि लोक कलाकारन के विश्वविद्यालय का तरफ से मंच उपलब्ध करावल जाई. एही काम ला अगिला 15 अगस्त...

Read More

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।