कुकुर का चलते साम्प्रदायिक बवाल के अनेसा

पिछला दिने जौनपुर में एगो कुकुर का चलते साम्प्रदायिक माहौल गड़बड़ाइल बुझाइल जब एक जाना के पोसुआ कुकुर दोसरा जाना के बकरी के काट लिहलसि. दुनु तरफ के लोग एह मामिला पर एक दोसरा का सोझा हो गइल. पुलिस ओह कुकुर के पकड़ के थाना ले आइल त उ ओहिजे से दीवार फान के भाग निकलल. परेशान पुलिस फेर ओकरा के तीस किलोमीटर दूर मछलीशहर से पकड़ के ले आइल आ लोग के समुझवलसि कि एह तरह के छोट मोट बात पर आदमियन के बवाल ना करे के चाहीं.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..