Tag: बलिया

पुरान झगड़ा में एगो मठिया के साधु के हत्या

बलिया जिला के मनियर इलाका में मठाधीशी के झगरा ले के एगो साधु के गरदन काट दिहल गइल. बियफे का रात ककरघट्टा गांव में घाघरा किनारे अपना मठ में सूतल एगो साधु रमन मल्लाह के कुछ लोग गरदन काट दिहल, पुलिस बतावत बिया कि पहिले ओह मठ में...

Read More

टीएस बन्धा पर कटान के खतरा

बलिया के बैरिया इलाका में तुर्तीपार-श्रीनगर बंधा पर कटान के खतरा आ गइल बा. बियफे का दिने बंधा में कई जगहा कटान शुरू हो गइल जवना का बाद दहशत में आइल गाँववालन से खबर पा के प्रशासन तुरते मरम्मत के काम शुरु करा दिहलसि जवना से अनेसा...

Read More

बाढ़ में नदियन में घट बढ़ जारी बा

यूपी के नदियन में घट बढ़ जारी बा. जहाँ पानी घटऽता तहवाँ कटान तेज हो जाता. वाराणसी, गाजीपुर आ बलिया में गंगा नदी के पानी घटान पर बा. घाघरो सगरो घटल जात बाड़ी. सरयू नदी के पानी गोंडा में खतरा का निशान से बीस सेंटीमीटर नीचे आ गइल...

Read More

महाबीरी झंडा कुशल कुशल बीत गइल

बलिया शहर में राखी का दिने निकले वाला महाबीरी झंडा जुलूस रिमझिम बरखा बीच कुशल कुशल बीत गइल. बिशुनीपुर मस्जिद का सोझा से निकलत घरी नगर अखाड़ा के लोग से पुलिस के बाताबाती भइल बाकिर कुछ अनहोनी ना भइल. रात अढ़ाई बजे ले जब सगरी अखाड़न...

Read More

जीप पर गाछ गिरला से एगो अधेड़ के मौत

बलिया जिला के नगरा-सिकंदरपुर रोड पर नरहीं चट्टी का लगे बुध का उपरि बेरा एगो जीप पर यकिलिप्टस के गाछ गिर गइल जवना से अगिला सीट पर बइठल डीहवाँ गाँव के एहो अधेड़ के मौत हो गइल आ ड्राइवर आ एगो दोसर सवारी घवाहिल हो गइलें. घवाहिलन के...

Read More

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।