महाबीरी झंडा कुशल कुशल बीत गइल
-

बलिया शहर में राखी का दिने निकले वाला महाबीरी झंडा जुलूस रिमझिम बरखा बीच कुशल कुशल बीत गइल. बिशुनीपुर मस्जिद का सोझा से निकलत घरी नगर अखाड़ा के लोग से पुलिस के बाताबाती भइल बाकिर कुछ अनहोनी ना भइल. रात अढ़ाई बजे ले जब सगरी अखाड़न के जुलूस शांति से निकल गइल त प्रशासन चैन के साँस लिहलसि. हालांकि बरखा से ओकरो कुछ सहारा मिल गइल रहे.

शहर का बगल के हनुमानगंज में ब्रह्माईन गांव से बजरंग बाल क्लब आपन महाबीरी झंडा जुलुस निकललसि जवन हनुमान मंदिर से निकल के ब्रह्माइन मंदिर ले जा के खतम भइल. रात में सांस्कृतिक कार्यक्रम के आयोजनो भइल. एहमें गायक अरविंद अभियंता आ सुदर्शन यादव का बीचे गवनई के मुकाबला भइल जवना के आनंद लोग रात भर लिहल.

रसड़ा नगर के महावीरी झंडा जुलूस बुध का दिने धूम-धाम से शहर के इलाकन से गुजरल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts