बुद्धिहीन आ बेवकूफ – बतकुच्चन 230

– टीम अंजोरिया

#बेवकूफ #बुद्धिहीन #कहावत #भोजपुरी #बतकुच्चन

बुद्धिहीन आ बेवकूफ – बतकुच्चन 230

dumb and stupid

anjoria post display pic

बुद्धिहीन आ बेवकूफ मेंं का फरक होला? फरक होखबो करेला कि ना ? आजु के बतकुच्चन एगो दोसरा लेख का बारे में सोचत में बन गइल। सोचत रहीं कि का कवनो अइसन रणनिति हो सकेला जवना से डूबल स्टॉको से सही सलामत निकलल जा सके? एह तरह के एगो रणनीति के प्रयोग बैकटेस्टिंग से कर लिहले बानी बाकिर ओकर चरचा कवनो अगिला लेख में करब। असल में ऊ रणनीति बुद्धिहीन खातिर बा जे कवनो कारण से अपना शेयर ट्रेडिंग में बेवकूफ बन गइल होखे। आ एही बुद्धिहीन आ बेवकूफ का बारे मं एह ब़तकुच्चन के लरी निकल आइल। रउरो पढ के देखीं कि कतना सही बा कतना गलत?

बुद्धिहीन आ बेवकूफ के चरचा करत में कुछ कहावतो इयाद आ गइली सँ। कहावतन के खासियत ई होला कि ई एक जमाना से जोड़ात आइल ज्ञान से निकलेला। हर कहावत का पाछे कवनो कहानी होखेला जवना के पूरा ना सुना के कहावते से काम चला लीहल जाला। अइसने एगो कहावत ह कि जे पँवड़े ना जाने ओकरा डूबहीं के अनेसा कम होला।
गिरते हैँं सहसवार ही मैदाने जंग में,
वो तिफ्ल क्या गिरे जो घुटनों के बल चले।
जे पँवड़े ना जाने से इनार पोखरा तालाब नदी का पञ्जरा जइबे ना करे एहसे ओकरा डूबे के अनेसा कम हो जाला। बाकिर जे पँवड़ाक होला से गाहे बगाहे पानी में आपन पँवड़ाकी के आनन्द लेत रहेला। आ एक दिन उहो कहावत आ जाला कि – परीकऽ ऐ बिलार, एक दिन खइबऽ मूसरी के मार!

अब चलल जाव बुद्धिहीन आ बेवकूफ के चरचा पर। बुद्धिहीन अधिकतर मामिलन में जन्मे से मिलल समस्या का चलते होला। बुद्धिहीन पैदा होलें बाकिर बेवकूफ बनावल जालें। बेवकूफ बुद्धिहीन होखबे ना करे। अधिकतर मामिलन में रउरा देखब कि ओह लोग का लगे बुद्धि के अधिकता रहेला आ अइसनका लोग के बेवकूफ बनावल अधिका आसान होला। बुद्धिहीन के बेवकूफ बनावले ना जा सके आ बेवकूफ के बुद्धिहीन कहलको बेवकूफी होला। रउरो सभे का आगा पाछा, पास पड़ोस मेंं अइसनका बेवकूफ मिल जइहें. अपना बारे में हमरा पूरा जानकारी नइखे कि हम अपना के बुद्धिहीन मान के चलीं कि बेवकूफ? हमरा के कई बेर बेवकूफ बनावल जा चुकल बा, भा कहीं कि बेवकूफ बन चुकल बानी। आ अधिकतर बेरा दोसरा के बेवकूफ बनावे माने का चलते अपनहीं बेवकूफ बन चुकल बानी।

रउरा बेवकूफ हईँ कि बुद्धिहीन? बुद्धिहीन के सहायता बजरंग बली कर सकेलें – बुद्धिहीन तनु जानि के सुमिरौं पवन कुमार, बल बुद्धि विद्या देहीं मोहे, हरहूं कलेस बिकार। बाकिर बेवकूफ के कल्याण करे के परेशानी उहो ना उठइहें काहें कि जानेलें कि बेवकूफ अपना बुद्धि के अधिकता से परेशान बा। आ फेरु एगो कहावत इयाद आ गइल – लंगटा से गंगा जी परेशान!

0 Comments

Submit a Comment

आपका ईमेल पता प्रकाशित नहीं किया जाएगा. आवश्यक फ़ील्ड चिह्नित हैं *

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.