दरपन झूठ ना बोले.....

जो सच है तेरे सामने आये हँस ले चाहे रो ले

इयाद बा कुछ महीना पहिले जब हम अलेक्सा रैंकिग के बाति उठवले रहीं आ एगो प्रकाशक हमरा पर खिसिया गइल रहन. तब अंजोरिया अलेक्सा रैंकिग में भोजपुरी से संबंधित साइटन में दूसरका नम्बर पर रहे. स्वाभाविक बा कि पहिलका आ दूसरका नम्बर वालन का बीच कुछ प्रतियोगिता के भावना आ जाय.

पता ना का बाति बा, बाकिर अब अलेक्सा रैंकिग करे के आपन तरीका बदलि दिहले बा आ अँजोरिया दूसरा से नीचे उतरि के चउथका पायदान पर चलि गइल बा. दूसरका पर भोजपुरी‍.आर्ग आ तीसरका पर चौरीचौरा.काम आ गइल बा. दुनू के प्रकाशकन के बधाई. लागल रहऽ भाई लोग. भगवान करसु तहरा लोगन के तरक्की दिन दूना बढ़े. हमरा अब अतने संतोष बा कि हम चैलंजर टू द थ्रोन नइखी रहि गइल आ दिमाग पर से कुछ तनाव कम हो गइल बा.

रउरा इहो कहि सकीले कि हारे को हरिनाम, भा मजबूरी का नाम महात्मा गाँधी. जवन चाहे कह लीं सभे, सभ मंजूर बा. तबहियों फेर ऊ बतिया दुहरायेम, का बाति बा कि भोजपुरी के अतना आबादी, अतना आइटी वाला, अतना विजिटर का रहला का बादो भोजपुरी के कवनो साइट एक लाख के सीमा नइखे लाँघ पावत?

का बाति बा कि देश के संविधान के आठवीं सूची में भोजपुरी के नाम नइखे शामिल कइल जा पावत काहे कि संघ लोक सेवा आयोग भोजपुरी में इम्तिहान करवावे में अपना के असमर्थ पावत बा?

का बाति बा कि अतना बड़ क्षेत्र, अतना आबादी रहला का बादो एगो अखबार नइखे जवन भोजपुरी में होखो? काहे बलिया के अखबार में छपरा के खबर ना मिल पावे आ छपरा के अखबार में बलिया के? जबकि आरा छपरा बलिया देवरिया चारो के कवर करत एगो अखबार, ना भोजपुरी में त हिन्दिये में सही, नइखे निकलत? जबकि एह जिलन के सामाजिक ताना बाना एक दूसरा से अतना जुड़ल बा कि एक जगह कुछ होखो त दोसरो प्रभावित होइये जाला.

का बाति बा कि भोजपुरी फिल्मन के अतना बड़हन बाजार का बादो भोजपुरी टीवी चैनल के कमी आजु ले अखरत बा. बड़हन बड़हन नाम के घोषणा हो जाला आ फेर सब कुछ शान्त हो जाला जइसे पोखरा में ढेला फेंकला का बाद उठल लहर फेर धीरे धीरे थिरा जाला.

सोंची. सोंचल जरूरी बा. भोजपुरिहन के दिल्ली मुबई कोलकाता चेन्नई हर जगहा हिकारत से देखल जाला. कहीं भईया कहि के कहीं मेंड़ूआ कहिं के त कही कुछ अउरी कहि के. काहे?

जे अपना माई के ना भईल ऊ कहियो केहू के ना हो सके. बात तनी तिक्खर बा बाकिर कहल जरूरी बा. भोजपुरी हमनी के माई हऽ, एकरा के ईज्जति दीं सभे. आदर सम्मान दीं सभे. अंग्रेजी फ्रेंच जर्मन रसियन में कमाई करीं बाकिर एगो छोट नेहार्डर, मनीआर्डर के ओकरा अतना जरूरत नइखे जतना नेहार्डर के, माईओ के भेजल करीं!

13 May 2008