साल: 2013

अब अयोध्या मे 22 तारीख से पंचकोसी परिक्रमा करे निकली विहिप

अयोध्या के 84 कोसी परिक्रमा का बाद विश्व हिन्दू परिषद 22 सितंबर से 13 अक्टूबर ले पंच कोसी परिक्रमा करे के घोषणा कइले बिया. विहिप के अंतर्राष्ट्रीय महामंत्री चंपत राय एह बारे में काल्हु बयान जारी कइलें. एह परिक्रमा मे दक्षिण भारत...

Read More

बाहर भेजात सात ट्रक राशन पकड़ाइल

काल्हु देवरिया जिला से सात ट्रक में भरके बाहर दोसरा राज्यन में बेचे खातिर ले जाइल जात सरकारी राशन बरामद कर के पुलिस एक आदमी के पकड़ लिहलसि बाकी सब भाग गइलें. उपजिलाधिकारी सदर दिनेश गुप्ता बतवले कि सोदा का लगे भारतीय खाद्य निगम...

Read More

मामिला से आरोपियन के नाम हटवला खातिर एस.ओ. निलम्बित

देवरिया जिला में दोसरा जिला के एगो विधायक समेत चार गो आरोपियन के नाम हत्या के मामिला से हटावे का आरोप में तरकुलवा के थाना प्रभारी जय सिंह के निलम्बित करत उनका पर मामिला दर्ज करे के आदेश दिहले बाड़ें पुलिस अधीक्षक. पिछला 25 अप्रैल...

Read More

बेटा पतोहु मिल के बाप के गरदन रेत दिहले

गोपालगंज जिला के गोपालपुर इलाका के सोनीपुर गाँव में महादेव चौधरी के हत्या उनुके बेटा पतोहु गरदन रेत के कर दिहले. बतावल जात बा कि महादेव हालही में आपन जमीन बेचले रहले. बेटा ओहमें से रुपिया मँगले स आ ना मिलल त एगो बेटा तेजा चौधरी...

Read More

मुजफ्फरनगर मे दू गो हत्या का बाद फेरू तनाव

हालही के दंगा का बाद हालात अबहीं पूरा सुधरल ना तबले कोतवाली इलाका में दू गो हत्या अउर हो गइल. एह दुनु के गोली मारल गइल बा. पुलिस मामिला के तहकीकात करत बिया....

Read More

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..