‘कंचन मन गंगा तन तुलसी’ के खास शो भइल

KanchanManGangaशिव प्रिया फिल्म प्रोडक्शन के बैनर तर बनल भोजपुरी फिलिम ‘कंचन मन गंगा तन तुलसी’ के एगो खास शो पिछला दिने अग्रवाल ग्लोबल फाउण्डेशन के हर्ष वर्धन अग्रवाल मुंबई के जी प्रिव्यू थियेटर, फन रिपब्लिक, अंधेरी (पश्चिम) में कइलन. एह मौका पर राजश्री प्रोडक्शन के पी.के. गुप्ता, वास्तुशास्त्र विशेषज्ञ धरनीधर शर्मा, भूपेन्द्र गुप्ता, वरिष्ठ कवि नारायण अग्रवाल, आशा अग्रवाल, निर्देशक सुनील प्रसाद आ अउरी खासमखास लोग मौजूद रहल.

‘कंचन मन गंगा तन तुलसी’ के निर्माता रीता वेद प्रकाश आ निर्देशक पारस एन. सिंह हउवन. एह मौका पर उल्लेखनीय योगदान खातिर दीपक दुबे, गिरीश शर्मा, वीरेन्द्र मिश्र, बबलू यादव, कुमार आचार्य आ फिलिम के प्रचारक समरजीत के सम्मानित कइल गइल.

फिलिम के कलाकारन में दीपक दुबे, तनुश्री चटर्जी, सुदेश बेरी, सिमरन कौर, गिरीश शर्मा, समर्थ चतुर्वेदी, वीरेन्द्र मिश्र, मेहनाज, विजय बहल, जुबेदा, आइटम गर्ल सीमा सिंह आ अतिथि भूमिका में किरन कुमार शामिल बाड़ें.


(समरजीत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..