अमित शाह के छोड़ल रामबाण निशाना पर लागल

भाजपा महासचिव अमित शाह काल्हु अयोध्या में पार्टी का मीटिंग में गइल रहलें. अयोध्या गइलें त राममंदिर जाहीं के रहे. मंदिर से निकलत घरी पत्रकारन के सवाल का जवाब में कहलन कि हम भगवान से प्रार्थना कइनी कि जल्दिए एगो भव्य राममंदिर बने के माहौल बन जाव. बस अतना कहते देश के राजनीतिक गोल हुँआ हुँआ करे लागल बाड़े. पता ना कवनो हिंदू के ई चाहल कि अयोध्या में एगो भव्य राममंदिर बन जाव कवना आधार पर गलत कहल जा सकेला. बाकिर तुष्टिकरण के राजनीति करे वाला गोल तरह तरह के बयान देबे लागल बाड़ें. कांग्रेस त इहाँ ले कह दिहले बिया कि अमित शाह के यूपी से निकाला दे दिहल जाव आ उनुका के राज्य में आवे मत दिहल जाव. सपा, जदयू, भाकपा वगैरह गोलो के नेता लोग के एह बारे में वइसने बयान आइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..