छपरा में वकील अजय सिंह के पता नइखे लागत

सैंतालिस साल उमिर के अधिवक्ता अजय कुमार सिहं सोमार का साँझ से गायब बाड़ें. छपरा के उमानगर में अपना पत्नी साथे रहे वाला
अजय सिंह सोमार के साँझ बतवले कि ऊ बाबू साहेब संगे रामनगर जात बाड़ें आ थोड़ देर में लवटि अइहें. बाकिर तब से ना त ऊ लवटल बाड़ें ना उनकर मोबाइल से बात हो पावत बा. मोबाइल स्वीच आफ बा.

मढ़ौरा थाना के नरहरपुर गाँव के अजय सिंह के खोजे ला परिवार, दोस्त आ पुलिस सभे हरान परेशान बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।