दिलदार सांवरिया के शानदार प्रीमियर

dildar sawariya40बिहार में सफलता का परचम लहरवला क बाद मुंबई पहुचल “दिलदार सांवरिया” के शानदार प्रीमियर शो मुंबई के नवरंग सिनेमा हॉल में भइल जहाँ रमज़ान के पहिला शुक आ भारी बरखा का बावजूद दर्शकन के बड़हन भीड़ जुटल. एह मौका पर निर्देशक विशाल वर्मा, नायक आ नवोदित अभिनेता यश कुमार, हॉट केक अभिनेत्री अंजना सिंह, खलनायक संजय पाण्डेय, जानल मानल निर्माता आलोक कुमार, यश कुमार के अगिला फिलिम “दरिया दिल” के निर्माता वरदान आष्टा, राष्ट्रीय पुरस्कार विजेता निर्देशक आनंद गहतराज, निर्देशक शिवजी गुप्ता, नृत्य निर्देशक रिक्की गुप्ता समेत अनेके खासमखास लोग मौजूद रहे.

१२ जुलाई के मुंबई आ गुजरात में रिलीज़ भइल एह फिलिम “दिलदार सांवरिया” के बिहारे जइसन बढ़िया शुरूआत मिलल बा एह टेरिटरियन में.


(उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।