वर्दीवाला के प्यार में मोनालिसा

Monalisa-yellowसिनेमा भोजपुरी के हॉट गर्ल मोनालिसा एह घरी वर्दीवाला, माने कि पुलिस इंस्पेक्टर, के प्यार में डूबल बाड़ी. मोनालिसा अपना आवे वाली फिलिम ’कसम वर्दी के’ में पुलिस इंस्पेक्टर बनल अपना नायक विराज भट्ट से प्यार करत नजर अइहें. एह फिलिम में मोनालिसा चोरनी बनल बाड़ी आ माडर्न आ भारतीय दुनु तरह के रूप में लउकीहें.

मोनालिसा पिछला दिने एह फिलिम के शूटिंग बिहार के मोतिहारी आ मुम्बई में पूरा कइली. बतावल जात बा कि फिलिम में मोनालिसा आ विराज भट्ट पर एक से बढ़के एक गाना आ सीन फिलिमावल गइल बा. निर्देशक हउवें दिनेश यादव.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।