पहिला छमाही में अव्वल रहले निरहुआ

Nirahuaसिनेमा भोजपुरी के साल 2013 के पहिला छमाही में जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ’निरहुआ’ बॉक्स ऑफिस पर सबले सफल अभिनेता साबित भइल बाड़ें. पिछला छह साल से लगातार निरहुआ सिनेमा भोजुपरी के सरताज बनल बाड़ें. एह छमाही में उनकर पाँच गो फिलिम रिलीज भइली सँ. सबसे पहिले आइल ’रखवाला’ बिहार, मुंबई आ यू.पी में औसत व्यवसाय कइलसि. फगुआ पर आइल दू गो फिलिम ’दिलेर’ आ ’गंगा जमुना सरस्वती’. ’दिलेर’ जहाँ बिहार में बढ़िया व्यवसाय कइलसि ओहिजे ’गंगा जमुना सरस्वती’ सगरी बिहार, यू.पी आ मुंबई में रिकार्ड व्यवसाय कइलसि आ एह छमाही में सबले अधिका के बिजनेस करे वाली फिलिम रहल. चउथका फिलिम ’बीवी नं. 1’ ठीकठाक व्यवसाय करे में सफल रहल. आखिर में आइल ’वर्दीवाला गुण्डा’ जवन सगरी बिहार में शानदार व्यवसाय कइलसि आ चार हफ्ता लगातार चलत रहल सिनेमाघरन में. यू.पी ओ में एकर वयवसाय बढ़िया रहल.

साल 2013 के पहिला छमाही में अपना फिलिमन के शानदार व्यवसाय से खुश निरहुआ एकर पूरा श्रेय अपना दर्शकन के प्यार के देत बाड़ें. अह साल निरहुआ के आवे वाली फिलिमन में ’इज्जत’, ’दुध का कर्ज’, ’जंजीर’ आ ’दुल्हे राजा’ के इंतजार बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।