बेकाबू साँढ़ के ओकरा सींग से पकड़ लिहलन मोदी

गुजरात के मुख्य मंत्री आ भाजपा नेता नरेन्द्र मोदी काल्हु पुणे में भइल अपना रैली में कांग्रेस के खुलेआम चुनौती दिहलन कि आईं मुकाबला करिए लिहल जाव. कहलन कि जब जब कांग्रेस सरकार कवनो मुसीबत में घेराले त ऊ तुरते सेकूलरिज्म के बुर्का ओढ़ के बंकर मे लुका जाले.

पूरा देश देखत बा कवना तरह छोटका छोटका दल आ कांग्रेस मिल जुल के सेकूलर सेकूलर खेले में लागल बाड़े. बिहार के जदयू एही नाप पर भाजपा से अलगा हो गइल काहे कि ओकरा अपना मुस्लिम वोट के बहुते चिंता बा. बाकिर अब गँवे गँवे जवन हालात बनल जात बा तवना में लागत बा कि मुस्लिम वोट बैंक बनावे के कोशिश महँग पड़ जाई राजनीतिक गोलन के काहे कि बहुसंख्यक समाज में अब अतना लोग सचेत होखल जात बा जवना से पुरनका वोट बैंक के मुकाबला करे ला एगो नया वोट बैंक बन जाव.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..