जल्दिये देखे के मिले वाला बा गोरिया के गोरे गोरे गाल

आर एन इन्टरप्राइजेज के बैनर में रविशंकर तिवारी के बनावल आ एस एस ललित के निर्देशित फिल्म “गोरिया के गोरे गोरे गाल” रिलीज खातिर तइयार हो गइल बा. पिछला दिने एह फिल्म के पहिला कॉपी बाहर आइल त एकर ट्रायल शो पूर्वी गोरेगाँव के फिल्म लैब में करावल गइल. फिल्म के पटकथा एस एस ललित आ रास बिहारी पाण्डे के, गीत बिपिन बहार, रास बिहारी पाण्डे, आ एस एस ललित के लिखल, आ संगीत के धुन राजेश ललित आ विनोद गँवार के बनावल बा. छायाकार अरुण मिश्र, नृत्य निर्देशक ज्ञान सिंह, एक्शन रियाज सुलतान के आ आर्ट्स सुनील झा के बा. सह निर्माता सुमन कुमार मेहता आ कार्यकारी निर्देशक सावन वर्मा हउवें.

फिल्म के मुख्य कलाकारन में उत्तम कुमार, लवी रोहतगी, रविशंकर तिवारी, ऋतु पाण्डेय, सलीम अंसारी आ नीरज बादशाह बाड़े. आयटम बाला सीमा सिंह के शानदार आयटम बा एह फिल्म में. गोरकी पतरकी रे फिल्म में अपना अभिनय के जलवा देखा चुकल उत्तम कुमार एह फिल्म में जबरदस्त कमाल कइले बाड़न. फिल्म रोमांस आ कॉमेडी से भरपूर बा.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..