नयकी सनसनी सोनिया कश्यप

वाकई उनुका अइला से बहार आ गइल बा भोजीवुड में. जेकरे के देखऽ उहे उनुका के अपना फिल्म के हीरोइन बनावे पर भिड़ल बा.
आखिर अइसन कवन बाति बा भोजीवुड के एह नयकी सनसनी सोनिया कश्यप में..? कुछ ते ख़ास जरूरे होखी एह मोहतरमा में तबहिये नू असमिया फिलिमन से गुजरत उनुका हुस्न के कारवां जब भोजीवुड चहुँपल त कद्रदानन के लाइने लाग गइल ! आर बी सिंह के “सनकी” सोनिया के पहिलका भोजपुरी फिल्म होई. एकरा साथही सोनिया कश्यप तीन गो अउरियो फिल्म अपना झोरी में डाल लिहले बाड़ी.
भोजीवुड में कवनो न्यूकमर के अइसन जबरदस्त स्वागत शायद पहिलके बेर होत बा वरना एहिजा त कई हाली हसीनन के अरमान दिले में दफ़न हो के रहि जाला.
सोनिया कश्यप वइसे त उत्तर प्रदेश के गाजीपुर के रहे वाली हई बाकिर सगरी फ़िल्मी तजुरबा ऊ असमिया फिलिमन से हासिल कइले बाड़ी. असमिया अउर बंगला फिलिमन में झंडा गड़ला का बाद अब ऊ भोजीवुड में आपन जलवा देखावे के तईयार बाड़ी. अब पुरनकी लोग तईयार हो जाव एह नयकी चुनौती से निबटे के.


(स्रोत : स्पेस क्रिएटिव मीडिया)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।