मौर्या टीवी अब यूपीओ में प्रसारित होई

बिहार आ झारखण्ड में सफलता के झंडा बुलंद कइला का बाद प्रकाश झा के मौर्य टीवी अब उत्तरप्रदेशो में आपन सफलता दुहरावे खातिर कमर कस लिहले बा. जल्दिये यूपीओ में दर्शक मौर्य टीवी पर प्रसारित होखे वाला कार्यक्रम आ खबरन के आनन्द उठा सकीहे. ई जानकारी देत मौर्य टीवी के निदेशक मनीष झा बतवले कि मौर्य टीवी बिहार आ झारखण्ड पर फोकस करके आपन काम शुरू कइले रहल बाकिर अब एकर दायरा बढ़ावल जा रहल बा. एह कड़ी में सबले पहिले यूपी के चुनल गइल. खबर का दुनिया में बिहारवासियन का दिल में जगह बना चुकल मौर्य टीवी हाल ही में मनोरंजक कार्यक्रमों के शुरूआत कइले बा जवना के दर्शक पसन्द करत बाड़े. बाहुबली, दिल की बात प्रकाश के साथ, मुसाफिर जायेगा कहां, चलते चलते, ये है पॉलिटक्स मेरी जान जइसन चर्चित शो के सफलता मौर्य टीवी के मकसद पूरावत बाड़ी सँ. इहे ना खबरिया दुनिया के दू गो बड़हन नाम कुमार राजेश अउर नवेंदु मौर्य टीवी पर प्रसारित खबरन के गुणवत्ता बहुते बढ़ा दिहले बाड़न.

उम्मीद बा कि बिहार में बिहार के प्रतीक बन के उभरल मौर्य टीवी अब उत्तरो प्रदेश में सफलता हासिल करी.


(स्रोत – रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।