नाच नचैया ..के मंच पर भावुक हो गइले रवि किशन

भोजपुरी फिल्मो के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन महुआ टीवी के लोकप्रिय डांस शो नाच नचैया धूम मचैया के मंच पर ओह समय बहुत भावुक हो गइले जब मंच पर उनुकर पिताजी पंडित श्याम नारायण शुक्ल अइलें. महुआ टीवी पर रविकिशन के एंकरिंग वाला एह शो में आयोजक उनुका पिता के बतौर अतिथि नेवतले रहलें. उनुकर पिताजी नेजब शो में रवि किशन से जुडक कुछ पुरान याद सभका के बतावे लगलें त रवि किशन अपना आँखि के आंसू ना रोक पवलें. अपना पिताजी के आपन आदर्श माने वाला भोजपुरिया सुपर स्टार रवि किशन कहले कि आज सफलता के हर मोड़ पर उनुका पिताजी के शब्द उनुका के आगा बढ़े के उकसावत रहेला. पंडित श्याम नारायण शुक्ल उम्र के एह पड़ावो पर शंखनाद करिके आ श्लोक उच्चारित कर के ओहिजा मौजूद सभका के अचंभित कर दिहलें. एह शो के झलक अगिला शनिचर अतवार के देखे के मिली.


(स्रोत – उदय भगत)

1 Comment

  1. NAVJOT KARN

    Ravi kishan jee accha ac tor hai

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।