निर्देशक असलम शेख के मिलल नजीर हुसैन सम्मान

चर्चित फिल्म निर्देशक असलम शेख के पहिलका नजीर हुसैन सम्मान पिछला दिने आगरा में आयोजित भोजपुरी सम्मेलन में दिहल गइल. पिछला दू साल से ऊ लगातार सर्वश्रेष्ठ भोजपुरी फिल्म निर्देशक के अवार्ड जीतत चलल आवत बाड़न. एह सब का अलावे असलम शेख के आज की आवाज संस्थो उनका निर्देशित फिल्म परिवार खातिर सर्वश्रेष्ठ निर्देशक के पुरस्कार दिहलसि.

आगरा में आयोजित भोजपुरी सम्मेलन में दुनिया भर के पन्द्रह हजार से ज्यादा भोजपुरियन का बीचे सम्मेलन के अध्यक्ष सतीश त्रिपाठी, उपाध्यक्ष प्रेम शुक्ला आ मनोज तिवारी का मौजूदगी में असलम शेख के सम्मानित कइल गइल. एह खातिर भोजपुरी सिनेमो जगत उनका के बधाई दे रहल बा.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह )

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..