‘वर्दी वाला गुन्डा’ हो गइलें दिनेशलाल निरहुआ

भोजपुरी फिलिमन के जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘‘निरहुआ’’ अब परदा पर ‘‘वर्दी वाला गुन्डा’’ के किरदार साकार करत नजर अइहें. निरहुआ बालाजी सिनेविजन प्रा. लि. के बैनर तले बनत निर्माता पप्पू भाई आ राजेश सिंह के फिल्म ‘‘वर्दी वाला गुन्डा’’ में टाईटल रोल करत बाड़न. गाँव के एगो सिधवा नवही के वर्दी वाला बने के कहानी. निर्देशक हउवें ‘जिगर’ आ ‘विजयपथ’ जइसन सुपरहिट हिन्दी फिल्मन के निर्देशिक रहल अहमद फारूक सिद्दिकी. एह फिल्म में निरहुआ के खतरनाक एक्शन देखे के मिली.

कलाकारन में हॉट गर्ल अंजना सिंह, शशि मोहन सिंह, रजनीश झांजी, मनोज टाईगर, ब्रजेश त्रिपाठी, गौरी शंकर, पुष्पा वर्मा, गोपाल राय आ अवधेश मिश्रा के प्रमुख भूमिका बा.

शूटिंग मुंबई आ रामोजी राव फिल्मसिटी (हैदराबाद) मे पूरा कर लिहल गइल बा. संगीतकार मधुकर आनंद, गीतकार विनय बिहारी, प्यारेलाल यादव, लेखक संतोष मिश्रा, एक्शन दिलीप यादव आ क्रिएटिव निर्माता आशीष एस. ठाकुर.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *