दू फरिक का बीच चलल हथगोला से एक आदमी के मौत आठ जने घवाहिल

गोण्डा जिला के खरगूपुर इलाका के रुपईडीह आ मझउवा के बीच नहर पर मछली मारे गइल रुपईडीह के रामसबद के दोसरा फरीक के लोग विरोध कइल. कहासुनी बाद में देशी हथगोला फोड़े तक पहुँचल आ रामसबंद के मौत हो गइल. आठ गो घवाहिलन के अस्पताल भेजाइल बा.

पुलिस एह मामिला में एक आदमी के गिरफ्तार कर लिहले बिया आ कुछ अउर लोग का तलाश में बिया.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..