अक्षरा सिंह बनली दिलफेंक मुन्नी

बिहारी बाला अक्षरा सिंह भोजपुरी फिल्म ‘एक बिहारी सौ पर भारी’ में दिलफेंक मुन्नी के भूमिका में नज़र अइहें. एह किरदार खातिर अक्षरा सिंह निकहा तइयारी कइले बाड़ी. निर्माता रवि शर्मा आ निर्देशक जगदीश शर्मा के बहुचर्चित फिल्म ‘एक बिहारी सौ पर भारी’ में अक्षरा सिंह पहिला बेर दिनेशल लाल यादव ‘निरहुआ’ संगे नजर अइहें. ‘सत्यमेव जयते’ से शुरूआत करत अक्षरा ‘सौगंध गंगा मईया के’, ‘कालिया’, ‘बजरंग’, ‘बिगुल’, आ ‘बांके बिहारी’ में अपना शानदार किरदारन से सभकर दिल जीत लीहें.

आजु हर बड़का बैनर के फिलिमन में बतौर नायिका काम करत बिहारी बाला अक्षरा सिंह के भोजपुरी वर्ल्ड खूब रास आइल बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..