अंजना का जनम दिन पर लचकलें भोजपुरिया सितारा
-

सिनेमा भोजपुरी के गरम लिट्टी बनल अभिनेत्री अंजना सिंह के जनम दिन पर मुंबई के एगो पब में भोजपुरिया सितारन के जमावड़ा लागल आ सबही भोजपुरी गानन पर जम के ठुमका लगवलें.

मुंबई के क्लब एस्केप में मंगल का दिने अंजना सिंह धूम धाम से आपन जनमदिन मनवली. एह मौका पर उनुका के बधाई देब चहुँपलें रवि किशन, दिनेश लाल यादव निरहुआ, पंकज केसरी, सुदीप पाण्डे, खेसारी लाल यादव, अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डे, सूर्या, राजेश राज, पाखी हेगड़े, पायल सेठ, फ़रीन शेख, डोल्फिन, जगदीश शर्मा, इक़बाल बक्श, सुशील उपाध्याय, मंजुल ठाकुर, रवि शर्मा, अनिल कुशवाहा वगैरह.

एह जनमदिन पार्टी में चार चाँद लागल अभिनेता अभिनेत्रियन के डांस से. अंजना सिंह ख़ुशी के इजहार करत कहली कि जनमदिन के पार्टी त बहाना भर रहुवे. दरअसल ऊ भोजपुरी फिल्म इंडसट्रीज़ से जुड़ल सगरी लोग के शुक्रिया अदा कइल चाहत रहली काहे कि थोड़ही दिन में उनुका सभकर साथ मिल गइल. अपना डेढ़े साल का कैरियर में रवि किशन संगे शुरुआत करे वाली अंजना के सगरी भोजपुरी सितारन संगे दू गो भा बेसी फिलिम करे के मौका मिलल. भोजपुरी के नयका सुपर स्टार खेसारी लाल यादव संगे त ऊ चउथा फिलिम करत बाड़ी “दूध का क़र्ज़” जवना के शूटिंग चलत बा.


(उदय भगत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts