लौंडेबाजी करे का आरोप में अंचल कर्मचारी गिरफ्तारी

पूर्वी चंपारण जिला के बंजरिया गाँव से लौंडेबाजी का आरोप में एगो अंचल कर्मचारी घनश्याम पांडेय के कल्हुकि रात गिरफ्तार कर लिहल गइल. ओकरा पर सिंधिया गुमटी के एगो दस साल के लइका संगे जबरिया अप्राकृतिक यौनाचार करे के कोशिश के आरोप लागल बा. लइका होटल में काम करेला आ काम पर से लवटला का बाद अंचल कर्मचारी ओकरा साथे कुकर्म करे के कोशिश कइलसि. लइका के चिचियइला पर अगल बगल के लोग ओह कर्मचारी के पकड़ के पुलिस के सँउप दिहले.

लइका के मेडिकल जांच खातिर मोतिहारी सदर अस्पताल भेजाइल बा.
(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।