50 दिन का बादो आपन शान बनवले कायम बा ‘जीना तेरी गली में’

JeenaTeriGaliMe51 दिन के ज़बरदस्त भीड़ संगे सउँवा दिन बनावे ओर बढ़त सिनेमा भोजपुरी के साल 2013 के फाइनल खेले का तइयारी में बा भोजपुरी फिलिम ‘जीना तेरी गली में’. सिनेमा भोजपुरी के बाजार में अपने मुँह मियाँ मिट्ठू बनत लोग के छोड़ दीं त दर्शकन के मानना बा कि चर्चित आ कुशल निर्देशक राजकुमार आर. पांडेय के फिलिम ‘जीना तेरी गली में’ अब तक ले के सबले सफल फिलिम बा. छठवो हफ्ता बिहार के लगभग 30 गो सिनेमा घर में सुपर हिट के फाईनल खेले में लागल ई फिलिम दर्शकन के खूबे लुभावत बिया. दर्शकन के रुझान बतावत बा कि एह साल के सबले बड़ सुपर हिट फिलिम होखी ई.

एह फिलिम के मैन आफ द स्क्रीन बाड़न प्रदीप पांडेय उर्फ चिंटू जे अपना छोटे उमिर में अभिनय, नृत्य, कॉमेडी आ एक्शन के हर रूप में अपना आकर्षक व्यक्तित्व आ आत्म विश्वास से ढलले बाड़न कि फिलिम सफलता के इतिहास रचे में लागल बिया.

बधाई बा ‘जीना तेरी गली मे’ के पूरा टीम के.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।