दुल्हे राजा में प्रेमी निरहुआ

Nirahua-Premiभोजपुरी सुपरस्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ प्रेमी बनल बाड़े अपना अगिला फिलिम ‘दुल्हे राजा’ में. एगो कॉलेजिया नवही के भूमिका में बाड़े निरहुआ जे अपना संगे पढ़े वाली अमीर लड़की मधु शर्मा से प्यार करे लागर बाड़े. दुनु के प्यार में अमीरी-गरीबी दीवार बन जात बा आ प्रेमी निरहुआ ओह दीवाल के कइसे पार करत बाड़े, उनुका प्यार के जीत कइसे होखत बा, एकरे कहानी ह ‘दुल्हे राजा’,

मुख्य कलाकारन में सुपर स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’, मधु शर्मा, बंदिनी मिश्रा, अनुप अरोड़ा, संतोष श्रीवास्तव, श्यामली श्रीवास्तव, सुबोध सेठ, अभय राय, प्रिया पाण्डेय, सी.पी. भट्ट, आलोक यादव, आ राज प्रेमी के नाम शामिल बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।